स्वागत

Saturday, May 1, 2010

भोजपुरी फिल्म डाइरेक्ट्री

भोजपुरी सिनेमा के इतिहास पांच दशक से जादा पुरान बा। हिंदी फिलिम मे भोजपुरी कलाकारन के प्रवेश अउर भोजपुरी सनिमा में बॉलीवुड के दिलचस्पी बढलो पर,भोजपुरी सनिमा से जुड़ल लोगन खातिर समेकित सूचना के अभाव रहे। एह कमी के पूर्ति करे के प्रयास कईल गईल बा भोजपुरी सिटी से। भोजपुरी सिटी एगो डाइरेक्टरी बा जवन में भोजपुरी सनिमा से जुड़ल लोगन के संपर्क सूत्र दीहल गईल बा ताकि कलाकारन के चुनाव आदि मे कवनो दिक्कत ना होखे। एह डायरेक्टरी में हीरो-हीरोईन,निर्माता,निर्देशक,संगीतकार,गायक,लेखक,कैमरामैन,कोरियोग्राफर,कला निर्देशक आदि से जुड़ल पुख्ता सूचना मुहैया करावल गईल ह। मानल जा रहल बा कि एह डायरेक्टरी के बन गइला से,तकनीकी दृष्टि से फिलिम के लांच करे खातिर अउर स्क्रिप्ट,म्यूजिक,डांस,आर्ट,मेकअप,एक्टिंग आदि विधा के रूपरेखा तैयार करे में बहुत सुविधा होई। खासकर नया फिल्मकार लोगन एह डायरेक्टरी के सहयोग से आपन बजट तय कर सकिहन। ई प्रयास भईल बा दू साल से प्रकाशित हो रहल भोजपुरी सनिमा के पत्रिका भोजपुरी सिटी की ओर से।

No comments:

Post a Comment

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः