स्वागत

Saturday, March 27, 2010

प्रतिभा सिंह के भिखारी ठाकुर सम्मान

भोजपुरी के चर्चित गायिका अउर अभिनेत्री प्रतिभा सिंह के आज एह वर्ष के भिखारी ठाकुर सम्मान दीहल जा रहल बा। ई पुरस्कार भिखारी ठाकुर सामाजिक शोध संस्थान, भोजपुर, आरा द्वारा दीहल जाला। पुरस्कार आज आरा में आयोजित एक रंगारंग संगीत समारोह में दीहल जाइ।
प्रतिभा सिंह पिछला एक दशक से भोजपुरी गायिकी में आपन विशिष्ट स्थान बनवले बाड़ी। उनुकर एक दर्जन से ज्यादा कैसेट अउर सीडी रिलीज हो चुकल बा जवन के एचएमवी-सारेगामा, प्राइम, न्यू विक्टोरिया अउर स्काइ जइसन प्रतिष्ठित म्यूजिक कंपनी द्वारा रिलीज कईल गइल ह। उनकर 'पनवा खिला दे सैंया', 'पिया नम्बर वन' अउर 'छैला रंगदार चाहीं' एलबम धूम मचा देले रहे। हाले से प्रतिभा जी एक्टिंग भी शुरू कइले बाड़ी। रउआ 'भाई होखे त भरत नियन' फिल्म में उनका के देख चुकल बानी। 'आई हो दादा', 'बहिना तोहरे खातिर' अउर 'माटी मांगे खून' में भी उनकर एक्टिंग आ गीत देखे-सुने के मिली।
प्रतिभाजी बलिया जिला के रोहुआं-तिवारी गांव के बाड़ी सन। रउआ बाकायदा शास्त्रीय संगीत में शिक्षित बानी। प्रयाग संगीत समिति,इलाहाबाद से शास्त्रीय संगीत गायन में संगीत प्रभाकर (छह वर्षीय पाठ्यक्रम) कइले बाड़ी। शास्त्रीय संगीत के विधिवत तालीम रउआ विख्यात तबलावादक पं.ज्ञान प्रकाश घोष के शिष्य पं.स्व.सुधीर चौधरी से प्राप्त कइनी। देश भर में सैकड़ों स्टेज शो कर चुकल बानी आ उनका के एह से पहिले आकांक्षा संस्कृति सम्मान मिल चुकल बा। उनकर कार्यक्रम अउर इंटरव्यू रउआ ईटीवी, महुआ, ताजा़ टीवी, अहिंसा, दूरदर्शन आदि पर भी देखले होखब। पश्चिम बंगाल सरकार पहिली बेर प्रचार खातिर भोजपुरी के सहारा लेले बा। यूनिसेफ के साझा तत्वावधान में पोलियो के प्रति जागरुकता अभियान के तहत प्रतिभा जी के गावल गीत के कैसेट बनावल गइल ह जे हिन्दी भाषी क्षेत्र में पोलियो बूथ पर बजावल जाला। प्रतिभा जी स्थायी रूप से कोलकाता में रहेली।

1 comment:

  1. Blog is very aesthetically designed and executed . May this blog reach more n' more film lovers.

    ReplyDelete

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः