स्वागत

Tuesday, December 15, 2009

पूर्वांचल बने के चाहीःमनोज तिवारी


दैनिक भास्कर में 15 दिसम्बर,2009 के छपल खबर के मुताबिक, आपन भोजपुरी अमिताभ बच्चन मनोज तिवारी के कहनाम बा कि पूर्वांचल राज्य बने के चाहीं। रउआ के ध्यान होई कि मनोज भईया समाजवादी पार्टी के टिकट पर गोरखपुर से लोक सभा चुनाव लड़ले रहलन। मगर उहे सपा उत्तर प्रदेश के बंटवारा के खिलाफ बा। जब एह बाबत उनुका से पूछल गईल कि जब उत्तर प्रदेश के बंटवारा के मसला पर सपा अउर अमर सिंह सख्त खिलाफ बाड़ें,तs रउआ पूर्वाचल राज्य के गठन के समर्थन कइसे कर रहल बानी। एह पर उनुकर जवाब रहे कि जवन पूर्वाचल अउर भोजपुरी के बात करिहें,उहे हमार दिल पर राज करिहें। मनोज भईया ईहो कहलन कि सपा चाहे जे सोचे, ई उनुकर व्यक्तिगत सोच बा कि विकास के खातिर पूर्वांचल राज्य के निर्माण हर हाल में होखे के चाहीं। उनुकर इहो कहनाम रहे कि ऊ एह मुद्दा पर अमर सिंह से मिलि कए उनुका के समझइहें-बुझइहें कि विकास के खातिर पूर्वाचल राज्य केतना जरूरी बा।

No comments:

Post a Comment

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः